विजय लाल यादव के जान हथेली पर


बिरहा सम्राट का रूप में तहलका मचावे वाला आ भोजपुरी सिनेमा में हीरो का रूप में प्रसिद्धी हासिल कर चुकल विजय लाल यादव हमेशा कुछ ना कुछ कारनामा करत रहेले. कबो बियाह करेले त कबो भईया के ससुरारी में धमाल मचावेले. आ अब त आपन जान हथेली पर ले लिहले बाड़न. जी हँ, सुपर डुपर हिट फिल्म “भईया के ससुरारी” के अपार सफलता का बाद ऊ एक बार फेर निखिल इंटरटेनमेंट का बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म “जान हथेली पर” में एगो दमदार भूमिका करे जा रहल बाड़े. एह फिल्म के निर्मात्री रीना एस. पासी हई आ फिल्म में इनकर साथी कलाकार रहीहे – रानी चटर्जी, विराज भट्ट, वर्षा तिवारी वगैरह. विजय लाल यादव के जल्दिये आवे वाली फिल्मन में – त्रिनेत्र, बुलंदी, करंट मारे गोरिया वगैरह के नाम शामिल बा.


(स्रोत – दिनेश चन्दर)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।