करोड़पति लड़िकी का किरदार में गुंजन पंत
-


भोजपुरी के टॉप थ्री नायिका में गिनाये वाली गुंजन पंत निर्देशक इकबाल बख्श के फोल्म “राम लखन” में एगो करोड़पति कॉलेज गर्ल के किरदार करत बाड़ी. नागेश मिश्रा के प्रस्तुति एह फिल्म में गुंजन पंत के किरदार सभका के चउँकां के राख दी, अइसन कहल जा रहल बा. एह फिल्म में दू गो नायक नायिका के जोड़ी बा, सुशील सिंह अनारा गुप्ता आ सोम यादव गुंजन पंत के. निर्माता राजकुमार दायमा के एह फिल्म के गीत विनय बिहारी के लिखल आ संगीत आबिद जमाल के सजावल ह. एह फिल्म से एगो नया नायक राहुल दायमा के भोजपुरी सिनेमा में डेग धरा रहल बा. बाकी कलाकारन में गोपाल राय, मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, रणधीर सिंह आ सिकंदर खान के नाम बा. हालही में गुंजन तीन गो नया फिल्म, नायिका के किरदार वाला, साईन कइली. उनकर आवे वाली फिल्म “यादव पान भंडार” में उनुकर भूमिका के अबहिये से चरचा हो रहल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts