विदेशी मुद्रा संगे आदमी गिरफ्तार

सिवान 03 नवम्बर (वार्ता) सिवान जिला के बसंतपुर थाना के मदारपुर बाजार में एगो दुकान पर विदेशी मुद्रा बदलावे आइल एगो आदमी के पुलिस संदेह का चलते गिरफ्तार क लिहलसि.

पुलिस बतवलसि कि मदारपुर बाजार में वेस्टर्न मनी यूनियन के कारोबार करे वाला का दुकान पर कुवैत के मुद्रा दिनार बदलवावे आइल धीरज कुमार के व्यवहार से दुकानदार के कुछ अनेसा बुझाइल त पुलिस के जानकारी दीहल गइल.

पूछताछ के बाद पुलिस ओह आदमी के गैरकानूनी विदेशी मुद्रा रखला के आरोप मे गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से जब्त कुवैती दिनार के दाम करीब 90 हजार रूपिया बतावल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।