सडक पार करत में लड़िका मरल
-

गाजीपुर 03 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर के जमानियां इलाका में दिवाली के सामान खरीदे जात मलसा गाँव के छह साल के लड़िका प्रियांशु के मौत बोलेरो से टकरइला से हो गइल.

पुलिस बतवलसि कि मलसा गांव के जनप्रकाश के बेटा प्रियांशु अपना भाई साथे बाजार गइल रहे आ सड़क पार करत घरी एहो तेज बोलेरो से कचरा गइल. एह हादसा में ओकर मौत ओहिजे हो गइल.

बाद में खिसियाइल लोग सड़क जाम क दीहल आ मुआवजा माँगे लागल. खबर मिले का समय पुलिस जाम हटावे ला लोग के समुझावत बुझावत रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts