विनय आनंद बनीहन फोकट के दामाद

भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार विनय आनंद के जलवा देखावत ‘त्रिनेत्र’ बिहार में खूब चल रहल बा. बिहार में ई पचासवाँ दिन के रिकार्ड बना चुकल बिया. हाल फिलहाल में ई सफलता दोसरा कवनो फिलिम के नइखे मिलल. अब एकरा बाद विनय आनंद के जलवा देखे के मिले वाला बा ‘दामाद चाही फोकट में’ में. एह फिल्म में विनय आनंद भरपूर कॉमेडी आ एक्शन कइले बाड़न. विनय आनन्द के कहना बा कि ई फिल्म एह बाति के झूठिया दी कि भोजपुरी सिनेमा में छिछोरपन भरल रहेला. एह फिल्म के पूरा परिवार एक साथे बइठके देख सकेला.

एह फिल्म में एक से बढ़के एक रोमांटिक गाना बाड़ी सँ. फिल्म में विनय आनंद के दू गो लुक देखे के मिली. ‘चाचा भतीजा’, ‘दामिनी’ आ अब ‘त्रिनेत्र’ के सफलता देखत विनय आनंद लिट्टी बाटी बन गइल बाड़े जवना के सभे पावे चाहत बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।