विनय आनंद बनीहन फोकट के दामाद

भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार विनय आनंद के जलवा देखावत ‘त्रिनेत्र’ बिहार में खूब चल रहल बा. बिहार में ई पचासवाँ दिन के रिकार्ड बना चुकल बिया. हाल फिलहाल में ई सफलता दोसरा कवनो फिलिम के नइखे मिलल. अब एकरा बाद विनय आनंद के जलवा देखे के मिले वाला बा ‘दामाद चाही फोकट में’ में. एह फिल्म में विनय आनंद भरपूर कॉमेडी आ एक्शन कइले बाड़न. विनय आनन्द के कहना बा कि ई फिल्म एह बाति के झूठिया दी कि भोजपुरी सिनेमा में छिछोरपन भरल रहेला. एह फिल्म के पूरा परिवार एक साथे बइठके देख सकेला.

एह फिल्म में एक से बढ़के एक रोमांटिक गाना बाड़ी सँ. फिल्म में विनय आनंद के दू गो लुक देखे के मिली. ‘चाचा भतीजा’, ‘दामिनी’ आ अब ‘त्रिनेत्र’ के सफलता देखत विनय आनंद लिट्टी बाटी बन गइल बाड़े जवना के सभे पावे चाहत बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..