विनय आनन्द और श्रीधर शेट्टी चउथा हाली एक संगे

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी चउथा बेर अपना जोड़ी क जयजयकार करावत नजर अइहें. फिल्म होई ‘मंगल फेरा’ जवना के भोजपुरी आ गुजराती में बनावल जाई. एहसे पहिले ई जोड़ी ‘जय हो दूल्हे राजा’, ‘कजरा मोहब्बत वाला’ आ ‘खूनी दंगल’ बना चुकल बाड़े, ‘मंगल फेरा’ एह जोड़ी के चउथी फिलिम हियऽ. एकर निर्माण गायत्री राठौड़ आ वंशमणि शर्मा करत बाड़े, कहानी दशरथ राठौड़ के लिखल बा.

गायत्री सिने प्रोडक्शन अउर देवशक्ति फिल्म्स के बैनर तले बने जात एह फिल्म के शूटिंग 5 जून से नेपाल आ गुजरात में होखी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।