विनय आनन्द के दामिनी

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द अब भोजपुरी फिल्म दामिनी का जरिये फेर लोग के दिल जीते आ रहल बाड़े. फिल्म में दामिनी बनल बाड़ी रानी चटर्जी. विनय आनन्द के कहनाम बा कि एह फिल्म से उनकर कैरियर के ग्राफ अउरी उपर जाई.

Rani Chatterjee with Vinay Anand in Damini

आजुकाल्हु विनय आनन्द भोजपुरी सिनेमा में बढ़िया से छा गइल बाड़े. हालही में उनकर फिल्म साँवरिया आई लव यू के शूटिंग खतम भइल आ ओहि दिने फिल्म के निर्माता शंभू पाण्डे आ सीबी त्रिपाठी मिल के अगिला फिल्म गुलाम के मुहुर्त कर डललन. एहू फिल्म के नायक विनये आनन्द रहीहें. गुलाम के प्रस्तुति मोहनदास करीहें आ निर्देशन रामपाल सिंह करीहें. निर्माता सभ का साथे हमेशा बढ़िया व्यवहार रखे वाला विनय आनन्द कबो केहू से आपन स्टारडम ना देखावेले आ उनका सफलता के राज इहे बा. तबे नू साँवरिया आई लव यू के शूटिंग खतम भइल त पूरा यूनिट दोसर फिल्म गुलाम का शूटिंग में व्यस्त हो गइल.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *