रमौलवाली में प्रतिभा सिंह गवली, अभिनयो करीहें
-

नया सवेरा इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फ़िल्म रमौलवाली खातिर दू गो गाना के रिकार्डिंग १ जून के पटना के प्रियम डिजिटल साउण्ड स्टुडियो में प्रतिभा सिंह का आवाज में कइल गइल. संगीतकार सन्नी हउवें. फिल्म के गाना प्रतिभा सिंह का अलावे विनोद राठौड़, सर्वजीत सिंह, सावन सांवरे आ अमर आनंद गइहें लोग. गीतकार बीएन पटेल आ मिथिलेश सुमन हउवें. फिल्म के निर्देशक बाड़न संजीव टोनी जे एहसे पहिले हिन्दी फिल्म रस्मों की जंजीर आ भोजपुरी फिल्म बलमा बेदर्दी, लाल चुनरिया वाली वगैरह के निर्देशन कर चुकल बाड़न.

Pratibha Singh, Bhojpuri singer and actress

बलिया के प्रतिभा सिंह आजुकाल्हु कोलकाता में रहेली आ गायन का स्टेज शो का साथ साथ फिल्मों में अभिनय कर रहल बाड़ी. भाई होखे त भरत नियन, बहिनो तोहरे खातिर वगैरह फिल्म उनका खाता में बाड़ी सं. कुछ फिल्मन खातिर ऊ गानो गवले बाड़ी. रमौलवाली फिल्म में प्रतिभा सिंह गायन का साथ अभिनयो करीहें. बाकी कलाकारन में विजय खरे, ललितेश झा वगैरह शामिल बाड़े. फिल्म के नायक-नायिका नेपाल के हवे लोग आ एकर शूटिंगो नेपाल का जनकपुर में होखी, जवन जुलाई में शुरू हो रहल बा.

संजीव टोनी नीतीश सरकार का उपलब्धियनो पर एगो वृत चित्र के निर्देशन कर रहल बाड़े. एह डाकुमेंटरी के नाम बदल दीहब बिहार रखाइल बा आ एकर मुहूरत 31 मई के पटना के रिपब्लिक होटल में करावल गइल. फिल्म 45 मिनट के होखी आ एहमें आठ गो गीत रही आ गीतने का माध्यम से नीतीश सरकार के उपलब्धियनके बखान कइल जाई. ई फिल्म 20 जून के रिलीज होखी. एह डाकुमेंटरी के निर्माण दास एंड संस फिल्म्स कर रहल बा.


(स्रोत : प्रतिभा सिंह )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts