विलेन के कामयाबी के झंडा शान से लहरल बिहार में

Villain-Awadheshबिहार के मशहूर फिलिम वितरक आ निर्माता विधायक डाक्टर सुनील के नइकी फिलिम ‘विलेन’ उनका पिछला फिलिमन का तरहे बिहार में कामयाबी के झंडा गड़ले बिया. पचास सिनेमाघरन में रिलीज भइल एह फिलिम के हर जगहा शानदार कामयाबी मिलल बा.

‘चाचा भतीजा’ आ ‘दामिनी’ समेत अनेके कामयाब फिलिमन के निर्माता डाक्टर सुनीक के फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ पिछला साल के सबले कामयाब फिलिम रहे.

‘विलेन’ फिलिम के टायटल रोल मे अवधेश मिश्रा का साथे एह फिलिम में प्रियंका पंडित, के.के. गोस्वामी, आनंद मोहन, अनामिका, दीपक सिन्हा, सीमा सिंह, अरुशी खान आ रिंकू घोषो बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..