रवि किशन आ मनोज तिवारी सी.सी.एल सीजन ३ के तइयारी में लगले
-

BhojpuriDabang-CCL-3सी.सी.एल सीजन ३ खातिर ‘भोजपुरिया दबंग’ टीम अपना प्रैक्टिस खातिर मैदान में उतर गइल बिया आ मैच खेले के तइयारी जोर शोर से होखत बा.

अबहीं मुंबई में प्रैक्टिस मैच चलत बा जहाँ टीम के सगरी खिलाड़ी प्रैक्टिस करत नजर आवत बाड़े.

एही क्रम में पिछला दिने सांसद अभिनेता मनोज तिवारी एगो आपातकालीन बैठक रखले रहन जवना में सगरी टीम मेंबर मौजूद रहले. खिलाड़ियन में रवि किशन, मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव, उत्तम तिवारी, आदित्य ओझा, विकास सिंह, प्रवेश लाल यादव वगैरह शामिल बाड़े.

टीम के ब्रांड एम्बेस्डर रिंकू घोष आ स्वीटी छाबड़ा हई.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts