दू साल ला व्यस्त बाड़न सुदीप पाण्डेय
-

SudipPandeyहालही में अपना पाँच गो फिलिमन, ‘बहिनिया’, ‘प्यार में’, ‘बलिस्टर’, ‘बलवा’, अउर ‘धरती के बेटा’ के शूटिंग पूरा करवला का बाद सुदीप पाण्डेय अब ‘पारो पटना वाली’ के दूसरा हिस्सा के शूटिंग जल्दिए कराए वाला बाड़न. ‘पारो पटना वाली’ फिलिम के मिलल सफलता के बाद दर्शकन के फरमाइश पर निर्मात्री रंजू सिन्हा एह फिलिम के दूसरका भाग बनावे के एलान कइले बाड़ी. सुदीप पाण्डेय मुख्य भूमिका में बाड़न आ उनकर डबल रोल रही एह फिलिम में.

जाने जोग बात बा कि सुदीप पाण्डेय अब ले आठ गो फिलिमन में डबल रोल कर चुकल बाड़न.

सुदीप पाण्डेय के शूटिंग के व्यस्तता का चलते दू साल ले डेट नइखे बाचल.


(संजयभूषण पटियला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts