‘विलेन’ के पहिला झलक जारी भइल

Villain-posterचाचा भतीजा, दामिनी, दिवानी, आ दिलेर जइसन कामयाब फिलिमन के निर्माता आ बिहार के मशहूर वितरक अउर विधायक डाक्टर सुनील अब ले के अवत बाड़न एगो एक्शन पैक्ड भोजपुरी फिलिम विलेन. एह फिलिम के टायटल किरदार करत बाड़न चर्चित खलनायक अवधेश मिश्रा.

विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के परोसल आ एम.आर.एफ. फिल्म्स के बैनर के एह फिलिम के निर्माता मनीष कुमार, कहानीकार आ निर्देशक जी.सुब्बा राव, संगीतकार राजेश-रजनीश, गीतकार प्यारेलाल यादव, कैमरामैन आर.आर.प्रिंस, मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव, आ नृत्य निर्देशक राम देवन हउवन.

मुख्य कलाकार बाड़े अवधेश मिश्रा, प्रियंका पंडित. के.के.गोस्वामी, आनंद मोहन, अनामिका, दीपक सिन्हा, सीमा सिंह अउर रिंकू घोष.

फिलिम के पहिला झलक देखेवालन के कहना बा कि डाक्टर सुनील के पिछलका फिलिमन का तरह इहो फिलिम सफलता के डंका बजाई. मुख्य पात्र बनल अवधेशो मिश्रा खुश बाड़न ई फिलिम क के.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।