खलनायकी के बादशाहत संजय पांडे का नाँवे
-

DeewangiHudSe-poster
भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के बादशाहत एहु साल जारी बा. पिछला साल संजय पांडे के कुल् पन्द्रह गो फिलिम रिलीज भइल रहे आ सगरी में संजय पांडे के अभिनय सराहल गइल.

एह फिलिमन में रखवाला, बीबी नंबर वन, सपूत, रानी चलल ससुराल, जीना तेरी गली में, प्रेम दिवानी, दिलेर, कसम वर्दी की, बेनाम बादशाह, कोठा, रिहाई, रंग दे प्यार के रंग में, दिलदार सावरिया, रिक्शावाला आईलव यू, आ देश परदेश का अलावे तीन गो अउरी फिलिम शामिल रहली सँ.

एहु साल संजय पांडे के कईएक फिलिम सफलता के डंका बजा चुकल बाड़ी सँ जवना में देवरा भईल दिवाना, राजा जी आईलव यू, घुस के मारब, कच्चे धागे वगैरह खास बाड़ी सँ. रिलीज होखे वाली फिलिमन में निरहुआ हिन्दुस्तानी, दीवानगी हद से, जाने मन, आ दिल भईल दिवाना तोहरे प्यार में खास बाड़ी सँ.

अपना सफलता के श्रेय निर्माता, निर्देशक आ दर्शकन के देत संजय पांडे के कहना बा कि इहे लोग अपना भरोसा आ प्यार से उनका के सफलता के शिखर प बइठवले बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts