विहिप चुनाव में हार का बाद तोगड़िया गुट के बवाल


अहमदाबाद, 14 अप्रैल (वार्ता). विश्व हिन्दू परिषद के इतिहास में पहिला बेर करावल गइल चुनाव में अपना खेमा के करारी हार से खोंखियाइल प्रवीण तोगड़िया गुट आजु अहमदाबाद में विहिप के प्रदेश मुख्यालय पर जम के नारेबाजी कइलें आ बवाल कटलें.
अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष पद खातिर भइल चुनाव में चुनाव में अपना समर्थक राघव रेड्डी के विष्णु कोकजे से मिलल करारी हार का बाद तोगड़िया गुरूग्राम में पत्रकारन से कहलें कि उनुका के संगठन से निकले ला मजबीर क दिआइल बा काहे कि ऊ अयोध्या में राममंदिर बनवावे के मांग बराबर उठावत रहेलें आ एकरा के छोड़े ला राजी नइखन.
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के आलोचक रहल तोगड़िया अब 17 अप्रैल से अहमदाबाद में बेमियादी अनशन करे के एलानो कइले बाड़न. कहत त नइखन बाकिर अनेसा बा कि ऊ कवनो नया संगठन के एलानो कर सकेलें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।