वोटर लिस्ट में नाम ना रहला का बावजूद नामांकन कइल जा सकेला

राज्य निर्वाचन आयोग कहले बा कि पंचायत निर्वाचन सूची में जिनकर नाम नइखे आ जेकर नाम पिछला विधानसभा निर्वाचन का वोटर लिस्ट में रहुवे ऊ आपन नामांकन दाखिल कर सकेला आ वोट डाल सकेला. एह मामिला में सगरी जिलाधिकारियन के निर्देश दिहल जा चुकल बा. कुछ प्रभावी लोग आपन प्रभाव के गलत इस्तेमाल कर के अपना प्रतिद्वनद्वियन के नामे कटवा दिहले बा वोटर लिस्ट से. ना नाम रही ना चुनाव लड़ पइहें उनकर विरोधी. अब ओह लोग के निराशा हाथ लागल होई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..