बिहार के विश्वविद्यालयन में आयोग का माध्यम से बहाली
-

बिहार सरकार में मानव संसाधन मंत्री प्रशांत कुमार शाही कहले बाड़े कि राज्य में खाली पड़ल छह हजार विश्वविद्यालय शिक्षकन के पद आयोग का माध्यम से भरल जाई. इहो बतवले कि पिछला सात साल से कवनो बहाली नइखे भइल. अलग बात बा कि नीतीश सरकार एहमें से पाँच साल से सत्ता में बिया. स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे के कहना बा कि राज्य में बंद पड़ल सगरी आयर्वेदिक कॉलेजन के फेर से खोल दिहल जाई. राज्य में बेगुसराय, बक्सर, भागलपुर आ दरभंगा स्थित आयुर्वेदिक मेडिकल कालेज में पिछला कई साल से प्रवेश बंद पड़ल बा. अब एह कॉलेजन में प्राध्यापकन के बहाली शूरु होखे वाला बा. विज्ञान आ प्रावैधिकी मंत्री गौतम सिहं कहले बाड़न कि राज्य के इंजीनियरिंग कॉलेजन में खाली पड़ल शिक्षकन के पद जुलाई ले भर दिहल जाई. अबही छह गो इंजीनियरिंग कॉलेजन में मोटे छप्पन गो शिक्षक बाड़े. कुछ पद पर संविदा शिक्षकन से काम लिहल जा रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts