शिव आराधना में डूबले रवि किशन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन आजु महाशिवरात्री का दिने बिहार के पुर्णिया शहर में एगो शिवालय में भगवान शंकर के शिवलिंग पर दुग्धाभिषेक करत घंटो पूजा अर्चना कइलन. सोमार का भिनसहरे से पहिलही ऊ अभिनेता यशपाल शर्मा, स्थानीय व्यवसायी आ पत्रकार पंकज नायक आ अपना निजी जनसंपर्क पदाधिकारी उदय भगत का साथे मंदिर पहुच गइले. जहाँ आसाम के कामाख्या मंदिर के पुजारी देवानंद तिवारी उनुका से वैदिक रीति से पूजा अर्चना आ दुग्धाभिषेक करवले.

रवि किशन आ यशपाल शर्मा पूजा में अतना रम गइल रहलन कि दू घंटा ले एकही मुद्रा में बइठल भक्ति भाव में लीन होके भगवान महादेव के आराधना कइलन. रविकिशन हमेशा से भगवान शिव के उपासक हउवे. पूजा का बाद आपन खुशी जाहिर करत कहलन कि पुर्णिया का धरती पर आके ऊ पूरा तरह से भक्ति में डूब गइल बाड़न.

अतवार के साँझो रविकिशन पुर्णिया के पूरण देवी आ काली मंदिर में पूजा अर्चना कइले रहले.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।