शुक का अधरतिया से पेट्रोल डीजल के दाम बढ़ गइल

पेट्रोल आ डीजल के दाम काल्हु अधरतिया से बढ़ा दिहल गइल बा. हालांकि रसोई गैस के दाम घटल बा. पेट्रोल के दाम पचहत्तर पइसा आ डीजल के दाम पचास पइसा हर लीटर पर बढ़ल बा जवन अलग अलग जगहा राज्य सरकार के लागे वाला टैक्स आ भाड़ा खर्च का चलते एहु ले अधिका बढ़ल बा. पटना में पेट्रोल के दाम में ९३ पइसा के आ डीजल के दाम में ५८ पइसा के बढ़ोतरी भइल बा.

तेल कंपनियन के कहना बा कि ई बढ़ोतरी रुपिया का मुकाबिला डॉलर महँगा भइला का चलते भइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।