केन्द्र मंजूर कइलसि यूपी के औद्योगिक हब

अमृतसर से हावड़ा का बीच बने जात ईस्टर्न फ्रेट कारिडोर का दुनु ओर यूपी सरकार के औद्योगिक हब बनावे के योजना के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहलसि. ई कारडोर यूपी के इलाहाबाद, वाराणसी, चंदौली समेत अनेके जिलन से गुजरी. एह कारिडोर पर मालगाड़ी चलल करीहें सँ आ सवारी गाड़ियन के एह पर ना चलावल जाई. एह कारिडोर का दुनु तरफ डेढ़ डेढ़ सौ मीटर का दायरा में उद्योग लगावल जा सकी. एह कारिडोर के बहुते बड़हन हिस्सा यूपी से गुजरी. बिहारो में एकर कुछ हिस्सा पड़ी.

0 Comments

Recent Posts