शुभी शर्मा के बढ़त डेग

भोजपुरी अदाकारा शुभी शर्मा एह घरी सफलता का ओर तेजी से बढ़ल जात बाड़ी भोजपुरी इंडस्ट्री में आपन अलगा आ खास जगहा बनावे का राहे बाड़ी.

‘चलनी के चालल दुल्हा’ से भोजपुरी परदा पर उतरे वाली शुभी शर्मा पिछला साल अपना ‘औलाद’, ‘दुश्मनी’ आ ‘संतान’ से दर्शकन के भरपूर प्यार जितली. एह साल शुभी के ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ प्रदर्शन खातिर तइयार बा. एहु फिल्म में शुभी के दिललुभावन अदाएँ फेर से देखे के मिले वाला बा.

अतने ना, शुभी जल्दिये दक्खिन भारतीय निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी के फिल्मो में काम करत लउकीहे. शुभी अउरियो कई गो फिलिम करत बाड़ी. शुभी अबही ले रवि किशन, जूनियर निरहुआ आ पवन सिंह का साथे काम कर चुकल बाड़ी. उनुका पूरा भरोसा बा कि साल 2012 में ऊ भोजपुरी इंडस्ट्री में आपन अलग मुकाम बना लीहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..