कलुआ भईल सयान
-

भोजपुरी सिनेमा के डायनामिक एक्टर शुभम तिवारी आ लोकगायक कलुआ के फिल्म ‘कलुआ भईल सयान’ के निर्माण पूरा हो गइल बा. निर्माता शिव प्रताप सिंह आ रितेश कुमार ठाकुर के बनावल एह फिल्म के प्रताप फिल्म्स इंटरटेनमेंट प्रस्तुत कइले बा आ आकाश फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर में बनावल गइल बा. सह निर्माता हउवे वीर प्रताप सिंह.

रितेश कुमार ठाकुर एहसे पहिले सुपर डुपर हिट फिल्म ‘तू ही मोर बालमा’ बनवले रहले. अरविंद अकेला उर्फ कलुआ के एह फिल्म का जरिये नायक बना के पेश कइल जात बा. निर्देशक हउवन ओ.पी. कश्यप, गीतकार आर.आर. पंकज आ शशि बावला, संगीतकार राज सेन, कोरियोग्राफर जे.डी., कैमरामैन प्रिंस, कथा-पटकथा आ संवाद लेखक ओ.पी. कश्यप हउवे.

एह फिल्म से उत्साहित शुभम तिवारी के कहना बा कि एहसे पहिले ऊ कलुआ का साथे ‘तू ही मोर बालमा’ कइले रहन. तब कलुआ छोत रहे आ अब ओकरा सयान भइला पर ओकरा के नायक बनि के काम करत देखत बहुते खुशी के बात बा. रितेश ठाकुर के उमेद बा कि ई फिल्म सफलता के रिकार्ड बनाई.

फिल्म “कलुआ भईल सयान” जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts