श्वेता तिवारी के शादी पर मनोज तिवारी रंग जमा दिहलन

Shweta-Manoj-Abhinavभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी जहँवे जालें तवहें रंग जम जाला. पिछला दिने अभिनेत्री श्वेता तिवारी आ अभिनव कोहली का शादीओ में मनोज तिवारी खूब रंग जमवलें. छोटका परदा के स्टार अभिनेत्री श्वेता तिवारी अपना ब्वाय फ्रेंड अभिनव कोहली से शादी के बात कलर्स चैनल पर देखावल जात रियलिटी शो ‘झलक दिखला जा’ में कुछ दिन पहिलही बतवले रही आ अब 13 जुलाई, 2013 का दिने सात फेरा लेइए लिहली.

शादी के एक दिन पहिले मुंबई में भइल संगीत समारोह में मनोज तिवारी आ अनेके दोसर सिलेब्रेटीज शामिल भइले. एह शादी में दुनु के परिवार आ हित मीत शामिल भइलें.

जान लीं कि ई श्वेता तिवारी के दुसरका शादी ह. पहिलका शादी 18 साल का उमिर में भोजपुरी एक्टर आ प्रोड्यूसर राजा चौधरी से कइले रही बाकिर अनबन का चलते शादी ढेर दिन ले टिक ना सकल आ छह साल पहिले 2007 में उनकर डिवोर्स हो गइल रहे..


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।