बिहार में ‘प्रतिघात’ लिहलसि बम्पर ओपनिंग
-

Akshara-Pratighatराष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद डी. गहतराज के भोजपुरी फिलिम ‘प्रतिघात’ पिछला दिने शानदार ढंग से बिहार में रिलीज भइल त एकरा शानदार ओपनिंग मिलल. देखते देखत सिनेमाघरन पर हाउसफुल के बोर्ड टँगा जात रहुवे. शुभम तिवारी, अक्षरा सिंह, मोना राय, किशन देव, विपिन सिंह, नीलिमा सिंह, राकेश त्रिपाठी आ एक्शन खलनायक नीरज यादव (अहिरा) के एह फिलिम में भोजपुरी फिलिमन के रियल रंगबाज हैदर काजमीओ के जलवा देखे के मिलत बा. हैदर काजमी एह फिलिम में मेहमान कलाकार बन के आइल बाड़न.

हैदर काजमी के ई गेस्ट अपियरेंस आ सीमा सिंह के आयटम नम्बर फिलिम के प्लस प्वाइंट बा. अनुभव मोशन पिक्चर्स के बैनर तले एह फिलिम के ले आइल बाड़े एक्शन खलनायक नीरज यादव जे खुद अपना के एह फिलिम से भोजपुरी परदा पर उतरले बाड़ें . एह महिला प्रधान फिलिम में आठ गो गाबा बाड़ी सँ. बतावल जात बा कि अबले के सबले महँग फिलिम ह ई जवना के दर्शक आमे आदमी ना खासो लोग रही.

‘प्रतिघात’ के गीत-संगीत एस. कुमार के, छायांकन नरेन्द्र पटेल के, नृत्य महादेवन के, फाईट दर्शन सिंह के, पटकथा-संवाद मनोज पाण्डेय के आ ईपी हउवन नीलाभ तिवारी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts