श्वेता यादव के ‘मुंबई नगरिया तू देख बबुआ’

टेक ऑफ इंटरटेंमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘मुंबई नगरिया तू देख बबूआ‘ के पहिलका शेडयूल के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एह फिलिम में पहिला बेर अभिनेत्री श्वेता यादव आ गायक से नायक बनल सुमित बाबा एक साथ नजर अइहें. फिलिम एक्शन आ कामेडी भरल मनोरंजक फिलिम बावे जवना में बिहारी रीति रिवाजन ला आधार पर देखावल गइल बा कि मेहरारूवन के तवज्जो काहे दिहल जाला मरदन से बेसी. बिहार यूपी के होली दिवाली जइसन तेवहारन के अलगे अंदाज में देखावल गइल बा.

दर्जन भर फिलिम में काम कर चुकल श्वेता के एह फिलिम से बहुते उमेद लागल बा काहे कि ई फिलिम उनुका ला कुछ खास साबित होखी.

निर्माता निहाल अहमद, लेखक निर्देशक आनंद श्रीवास्तव, पटकथा -संवाद सुबोध गांधी, गीत विनय बिहारी, संगीत गणेश पाण्डेय, छायांकन पवन गुप्ता, नवाब, नृत्य कानू मुखर्जी, फाईट सिंह इज किंग.

मुख्य कलाकार श्वेता यादव, सुमित बाबा केतन पांडेय, रीमा सिंह, संतोष श्रीवास्तव, सी.पी. भट्ट, देवव्रत सिंह, अखिलेश शुक्ला आ सीमा सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।