5 अक्टूबर से बिहार में ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवाड़े’
-

श्री पदमावती पिक्चर्स एंड इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एक्शन आ कॉमेडी से भरपूर फिलिम ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवाडे़’ 5 अक्टूबर से बिहार के सिनेमाघरन में देखावल जात बा. निर्माता अनिल सिंकर के एह फिल्म में एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय, मनोज द्विवेदी, सुप्रेरणा सिंह, मोनिका सिंह, संजय पाण्डेय, माया यादव, गोपाल राय, श्रद्धा नवल, भानू पाण्डेय आ आईटम गर्ल कविता अउर अन्नु कश्यम के खास भूमिका बा.

लेखन-निर्देशन बालजीत सिंह के बा. दू भाईयन के कहानी का इर्द गिर्द बनल एह फिलिम में मधुर संगीत, शानदार एक्शन आ कॉमेडी के तानाबाना बा. बिहार में एकरा के मशहूर वितरक सुनील बुबना रिलीज कइले बाड़न.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts