संजय पांडे अपने अंदाज में दिहले निर्मल पाण्डे के श्रद्धांजलि

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अपना आवेवाली फिल्म ‘बजरंग’ में बिल्कुल निर्मल पाण्डे जइसन लुक बनवले बाड़े, उहे अंदाज, वइसने लमहर लमहर बाल. संजय पांडे के कहना बा कि उनकर दिली तमन्ना रहल निर्मल पांडे का साथे एगो फिलिम करे के बाकिर ऊ हो ना सकल त अब फिल्म ‘बजरंग’ के जरिये उनुका के एगो श्रद्धांजलि दिहले बाड़े.

निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के फिल्म ‘बजरंग’ पूरा एक्शन फिल्म होई जवना में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह के खास भूमिका बा. निर्देशक बाड़े नंद किशोर महतो. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकेशन पर करावल गइल बा.

संजय पांडे के ई फिलिम निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के कैंप में पहिलका फिल्म हवे. एकर गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान लिखले बाड़े आ संगीत दिहले बाड़े ओम झा. कहानी संतोष मिश्रा के लिखल हवे.

‘बजरंग’ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..