पाखी के धूम मचल बा
-

भोजपुरी फिलिमन के नं॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े के धूम आजुकाल्हु चारो तरफ मचल बा. पाखी के एह साल भोजपुरी के सबले लोकप्रिय अदाकारा के खिताब से नवाजल गइल त पिछला साल पाखी के प्रदर्शित फिलिम आखिरी रास्ता, मैं नागिन तू नगीना, दुश्मनी, आ हाल में प्रदर्शित ‘‘औलाद’’ बॉक्स ऑफिस पर सुपरहिट रहली सँ. ‘‘औलाद’’ के त एह साल के सबले बड़ हित बतावल जात बा. एह फिल्म में पाखी के भूमिका दर्शक अउर समीक्षक सबे सरहले बा.

गौरतलब बा कि पाखी शुरूवे से चुनौतीपूर्ण भूमिका करत आइल बाड़ी. बैरी पिया, सईंया से सोलह श्रृंगार, प्रेम के रोग भईल, दाग, दीवाना में उनुकर भूमिका सबके आपन कायल बना लिहलसि. पिछला दिने औलाद के प्रमोशन खातिर बिहार आइल पाखी के देखे, भेंट करे खातिर मेहरारूवन के बड़हन भीड़ जुट जात रहे. सभे बेचैन रहत रहे पाखी के एक झलक देखे खातिर.

पाखी अबही बड़ौदा में अपना नयकी फिल्म ‘‘खून पसीना’’ के शुटिंग में व्यस्त बाड़ी.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts