संजरपुर फेर खबरन में बा दिग्विजय जी !

बटाला हाउस काण्ड का बाद कांग्रेस महासचिव दिग्विजय सिंह संजरपुर जा के आतंकवादी होखे के आरोपियन का घरे गइलन आ ओकनी के परिवार वालन के भरोसा दिलवन कि देश के कानून का हिसाब से ओह लोगन के बचावे के पूरा कोशिश करीहें. अब आजमगढ़ के संजरपुर फेर खबरन में जहाँ से कुछ आतंकियन के नाम जारी कर के ओकनी केगिरफ्तारी करे के कहल गइल बा. बनारस बम विस्फोट का बाद ३१ गो आतंकियन पर संदेह कइल जा रहल बा जवना में से मुलायम के दुलरुआ सिमि के कुछ सदस्य शामिल बाड़े. आजमगढ़ के आतंकियन के नाम बा शाहनवाज आलम, सर्फुद्दीन दिलदार, अबू रशीद, असादुल्लाह, अरीज खान, मिर्जा शाहबाद बेग, मो॰ साजिद, आ मो॰ खालिद.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..