२० दिसम्बर से रेलगाड़ियन के नंबर बदल जाई
-

अगिला हफ्ता २० दिसम्बर से रेलगाड़ियन के नंबर बदलि जाई. एकर मकसद बा कि सवारियो गाड़ियन का परिचालन पर रेलवे बोर्ड नजर राखि सको. अब नयका सिस्टम में हर रेल गाड़ी के नंबर में एगो नंबर पहिले जोड़ दिहल जाई. मेल आ एक्सप्रेस गाड़ियन का नंबर का पहिले १ जोड़ल जाई, देशभर में उपनगरीय रेल गाड़ियन का नंबर का पहिले ४, कोलकाता के लोकल गाड़ियन का नंबर से पहिले ३ आ मुंबई का लोकल गाड़ियन का नंबर से पहिले ९ जोड़ल जाई. स्पेशल ट्रेन का नंबर का पहिले ० जोड़ल जाई. डेमू आ मेमू गाड़ियन का नंबर में ५, ६, भा ७ पहिले जोड़ दिहल जाई. २० दिसम्बर से रेलवे घोषणा प्रणाली में नयके नंबर इस्तेमाल होखल करी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts