‘संसार’ के जलवा

Khesari-Anjana-Sansaarसुपरस्टार खेसारीलाल यादव के हालिया रिलीज फिलिम ‘संसार’ के जलवा पूरा बिहार में चलत बा. पिछला शुक का दिने रिलीज एह फिलिम के बिहार के 39 सिनेमाघर में रिकार्ड ओपनिंग मिलल. एस.आर. 39 फिल्म्स आ कृष्णदीप इंटरटेनमेंट के परोसल एह फिलिम के देखे खातिर औरतन के हुजूम उमड़त बा.

एह समहर पारिवारिक फिलिम में खेसारीलाल यादव, अंजना सिंह, ब्रजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुवेर्दी, जुनेर खान, रितु पाण्डेय, अक्षिता शेट्टी, आशा तिवारी, माया यादव आ कुणाल सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

निर्माता हउवें शंकर रोहड़ा आ माया यादव. निर्देशक असलम शेख. ‘संसार’ में एगो परिवार के दुख-सुख के कहानी देखावल गइल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..