‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ के मुम्बई में बम्पर ओपनिंग
-

THTMJHR-posterभोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट के फिलिम ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ मुम्बई में धमाकेदार ढंग से रिलीज भइल बा. पिछला शुक का दिने मुम्बई में रिलीज भइल एह फिलिम ला दर्शकन में पहिलहीं से ढेरे उत्साह बनल रहुवे. सबेरही से सिनेमाघरन पर भीड़ जुटे लागल रहे. हाऊस फुल के बोर्ड अधिकतर सिनेमाघरन पर जल्दिए लटक गइल.

फिलिम देख निकलत दर्शक विराज भट्ट के जमके तारीफ करत रहले.

बॉक्स ऑफिस पर अनेके सुपर हिट फिलिम दे चुकल विराज भट्ट के पूरा ध्यान अब अपना आवेवाली फिलिमन पर टिकल बा. एहमें ‘ई कईसन प्रथा’, ‘विराज तड़ीपार’, ‘कसम वर्दी के’ शामिल बाड़ी सँ,


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

1 Comment

  1. राना रंजीत बासु

    आपन फिलीम मेँ गीत लिखेके अऊर गावे के मौका देहिँ जा 08896125767

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts