सछास के मंजूर नइखे लिंगदोह के सिफारिश

समाजवादी छात्र सभा के प्रदेश अध्यक्ष अतुल प्रधान आजु वाराणसी में पत्रकारन से बतियावत कहलन कि लिंगदोह कमेटी के सिफारिशन में बहते कुछ अझूराइल बा आ ओकरा के सझुरा के समुझावल जरूरी बा. कहलन कि छात्रसभा के एगो प्रतिनिधिमंडल जल्दिए मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ राज्यपाल बी.एल.जोशी से मिल के कही कि एगो कमिटी बना के लिंगदोह के सिफारिश के अझुराइल बात समुझावल जाव.

अतुल प्रधान के कहना रहल कि साल 2002 मे परोसल लिंगदोह सिफारिश में कहल गइल रहुवे कि छात्रसंघ चुनाव मे कवनो उम्मीदवार पाँच हजार से अधिका खरच ना करी. अब एह महँगाईओ का जमाना मे उहे पाँच हजार के सीमा रही का. कहलन कि प्रजातंत्र के मजगर बनावे में छात्र राजनीति के अहम भूमिका होले.

समाजवादी छात्र सभा जल्दिए प्रदेश स्तर पर कार्यशाला आयोजित कर के छात्र नेता लोग के काम करे के तरीका बताई. एह में बड़को नेता लोग के सहयोग लिहल जाई.

एह मौका पर अतुल प्रधान महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ मे होखे जात छात्र संघ चुनाव ला आपन पैनल घोषित कइलन. एह में अध्यक्ष पद पर शालिनी यादव, उपाध्यक्ष पद पर विकास राय, महामंत्री पद पर आकाश सोनकर आ पुस्तकालय मंत्री पद पर अवनीश जायसवाल के नाम दिहल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।