‘सजना मांगिया सजाई द हमार’ के एडिटिंग चालू बा

SajnaMangiyaSajaiDaHamar
मैनास प्रोडक्शन प्रा लि के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘सजना मांगिया सजाई द हमार’ के एडिटिंग तेजी से कइल जात बा.

एह साफ सुथर फिलिम के निर्माता हलचल सिंह, कथाकार एल बी शास्त्री, पटकथा आ संवाद लेखक ‘ओढनिया कमाल करे’ फेम ओम प्रकाश यादव, कार्यकारी निर्माता डॉ कुलदीप सिंह, छायांकन करेवाला विनोद के शर्मा, गीतकार-संगीतकार राकेश निराला, कला निर्देशक विजय दास, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक अउर गणेश के सपना, मारधाड़ मास्टर जग्गू साठे, आ संकलन करे वाला कुणाल प्रभु हउवन.

मुख्य कलाकारन में नेहा श्री, अरविन्द अकेला ‘कल्लूजी’, अर्चना सिंह, रविराज ‘दीपू’, मनोज सिंह टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, अमित कुमार, प्रीति सिंह, शफीक रंगरेज़, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप आ ‘महाभारत’ के द्रोणाचार्य सुरेन्द्र पाल के नाम शामिल बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..