सड़क हादसा में विधायक रह चुकल डॉक्टर के मौत


छपरा 27 मार्च (वार्ता). सारण जिला के मशरख से कांग्रेस के विधायक रह चुकल डाक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह के मंगल का दिने सड़क हादसा में मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि विधायक रह चुकल डॉ सिंह कवनो निजी काम से पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी गइल रहलें आ ओहिजे से बोलेरो से लवटत घरी बोलेरो राज्य उच्च पथ 90 पर लखपुर गांव का नियरा सड़क किनारे पलट गइल. एह हादसा में 70 बरीस के रहल डॉक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह के ओहिजे मौत हो गइल.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया. जान जाईं कि विधायक जी के पिता आ मशरख के विधायक रहल रामदेव सिंह के साल 1981 में गोली मारके हत्या क दीहल गइल रहे आ एह मामिला में राजद नेता आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के आरोपी बनावल गइल रहे. पिता का हत्या का बाद भइल चुनाव में डाक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह कांग्रेस के टिकट पर मशरख से विधायक चुनाइल रहलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।