सपा नेता मोहन सिंह के निधन

सपा.के राष्ट्रीय महासचिव आ सांसद मोहन सिंह के लमहर बीमारी का बाद काल्हु दिल्ली के एम्स में निधन हो गइल. मोहन सिंह अपना राजनीतिक जीवन के शुरुआत डा. राम मनोहर लोहिया के विचार से प्रभावित होके कइले रहले. ऊ इलाहाबाद विश्वविद्यालय छात्रसंघ के अध्यक्षो रहले आ विद्यार्थियन के आन्दोलन के नेतृत्व कइले, देवरिया से ऊ कई बेर सांसद चुनइले. आपातकाल मे जेल के यातना सहलें. राज्य विधानसभा के सदस्य आ सरकार मे मंत्रीओ रहले. एह घरी ऊ राज्यसभा के सदस्य रहले.

मोहन सिहं के पार्थिव शरीर आजु लखनऊ सपा कार्यालय ले आवल जाई आ ओकरा बाद उनका गृह जिला देवरिया ले जा के उनकर अंतिम संस्कार करावल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।