सराहल जात बाड़ी शुभी शर्मा

भोजपुरी फिलिमन के नयकी अदाकारा शुभी शर्मा एह घरी अपना अभिनय कौशल खातिर, खास कर के फिल्म “औलाद” वाला किरदार में, बहुते सराहल जात बाड़ी. ‘‘चलनी के चालल दुल्हा’’ से अपना कैरियर के शुरूआत करे वाली शुभी शर्मा ‘‘औलाद’’ में कॉलेज छात्रा आ घरेलू महिला दुनु भूमिका बखूबी निभवली. शुभी औलाद में निभावल भूमिका के मिलल तारीफ से बहुते उत्साहित बाड़ी आ आगहू अइसने करत रहे के चाहत राखत बाड़ी.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।