सही मुहुर्त देखिये के इस्तीफा दीहें येदियुरप्पा

कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा अपना पर लागल भठियरपन के आरोप आ भाजपा आलाकमान के निर्देश का बावजूद सौदेबाजी में लागल बाड़न आ इस्तीफा के मसला अझुरा के रखले बाड़न. बाकिर आजु बतावल गइल बा कि ऊ राज्यपाल से दुपहिरया एक बजे के बाद के कवनो समय मँगले बाड़न जब ऊ राज्यपाल के आॡन इस्तीफा सँउपिहे. ज्योतिष पर भरोसा राखे वाला येदियुरप्पा के भरोसा बा कि सही मुहुर्त में इस्तीफा दिहला से उनुका वापसी के उमेद बनल रही.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..