तू चल हम आवते बानी
-

काल्हु इंगलैण्ड का साथे हो रहल टेस्ट मैच में अपना पहिलका पारी में एक समय भारत चार विकेट का नुकसान पर २६६ रन बना लिहले रहुवे. बाकिर ओकरा बाद जे भहराये के शुरू भइल त तू चल हम आवते बानी वाला अंदाज में भारत के बल्लेबाज एक एक करके आउट होत गइले आ २७३ रन पर नौ विकेट के नुकसान हो गइल. इंगलैण्ड के गेंदबाज स्टुआर्ट ब्राड काल्हु ४६ रन दे के छह विकेट लेबे के आपन कैरियर बेस्ट रिकार्ड बना लिहले.

बाद में अपना दुसरका पारी में इंगलैण्ड एक विकेट का नुकसान पर २४ रन बना लिहले रहुवे आ भारत से ४३ रन पीछे रहुवे. आजु मैच के तिसरका दिन हवे.

काल्हु राहुल द्रविड़ फेर आपन सैकड़ा पूरवले आ अबले ३४ गो शतक लगा के सुनील गावस्कर के बरोबरी कर लिहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts