सांप्रदायिक हिंसा विधेयक के विरोध करी भाजपा, कहलन वेंकैया नायडू

हैदराबाद 24 अक्तूबर (वार्ता) भाजपा. के बड़का नेता एम. वैकेया नायडू आजु कहलन कि अगर कांग्रेस सांप्रदायिक एवं लक्षित हिंसा विधेयक के ओकरा मौजूदे रुप मे संसद मे पेश करे के कोशिश करी त ओकर कड़ा विरोध कइल जाई.

नायडू कहलन कि लोकसभा के कार्यकाल खतम होखे से पाँचे महीना पहिले एह विधेयक के पेश करे के प्रयास कांग्रेस के खराब मंसूबा देखावत बा. कांग्रेस एह विधेयक के पेश क के एकर राजनीतिक फायदा उठावल चाहत बिया. एह विधेयक से समाज में मजहबी आधार पर बँटवारा हो जाई आ एह ध्रुवीकरण के नतीजा देश ला बहुते खतरनाक होखी.

कहलन कि देशवासी एह पर निगाह राखसु आ संप्रग सरकार के एह नापाक रणनीति से सतर्क रहसु.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।