सांसद मनोज तिवारी कोयल राणा झुग्गियन में जा के सफाई ला जागरूक करीहें

ManojTiwari-MP
उत्तर पूर्व दिल्ली संसदीय क्षेत्र से सांसद भाजपा नेता आ भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी मिस इंडिया कोयल राणा का संगे झुग्गियों में जा के लोग के सफाई खातिर जागरूक करीहें.

पिछला अप्रैल में मिस कोलकाता चुनाइल कोयल राणा अब मिस यूनिवर्स के खिताब पर नजर गड़वले बाड़ी आ एही इरादा से उ सामाजिको काम करे में लागल बाड़ी. उनका ‘स्वस्थ भविष्य-स्वच्छता व स्वास्थ्य’ अभियान खातिर उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला के चुनल गइल बा. आ एहिजा के सांसद मनोज तिवारी उनका एह अभियान के सफल करावे में लागल बाड़े.

पिछला दिने महान कार्टूनिस्ट प्राण आ सिने एंड टी.वी. आर्टिस्ट एशोसिएशन (सिनटा ) के महासचिव धर्मेश तिवारी के निधन पर गहरा दुख जतवले मनोज तिवारी. कहलन कि कार्टूनिस्ट प्राण के किरदार आजुओ उनुका आँख का सोझा घूमत बाड़े. एह किरदारन के बनावे वाला प्राण के निधन से उनुका बहुत दुख भइल. धर्मेश तिवारी का निधन पर कहलन कि समूचा सिनेमा जगत धर्मेश तिवारी के सम्मान करत रहे आ उनुका दूरदर्शिता के कायल रहे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।