सामाजिक सरोकारन से जुड़ल फिलिम हवे कबीर भट्ट के ‘रेज़ा’

Reza-poster
के बी इंटरप्राइजेज के बैनर में बनल ‘रेजा’ 11 जुलाई से बिहार में देखावल जाई. एह फिलिम में गंभीर सामाजिक सरोकारन के मुद्दा बनावल गइल बा.

निर्देशन अजय कुमार झा कइले बाड़न.

कलाकारन में ‘मिस कोलकता’ रहल खूबसूरत अदाकारा मोहिनी घोष का साथे मनोज दाव, निरुपमा श्री, दीपक भाटिया, हीरा यादव, संजय वर्मा वगैरह कलाकार बाड़े. आयटम कइले बाड़ी सीमा सिंह

संगीतकार अमन श्लोक, गीतकार अरविन्द तिवारी, गायक गायिका उदित नारायण, मोहन राठोड़, इंदु सोनाली, पामेला जैन, मधुकर आनंद, अमन श्लोक, अउर नीलेश उपाध्याय, सह-निर्मात्री ज्योति भट्ट, लेखक बिट्टू सिंह, छायांकनकर्ता नीतू इक़बाल, फाइट मास्टर हीरा यादव, आ कोरिओग्राफर कानु मुखर्जी अउर महेश आचार्य हउवें.

एह फिलिम में एक्शन, रोमैंस, ड्रामा सब कुछ देखे के मिली. मनोरंजन के भरपूर मसाला वाली एह फिलिम के दर्शक जरूरे पसंद करींहे.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।