शूटिंग करे आइल रिंकू घोष के दिवाना हो गइले सीतामढ़ी के लोग
-

RinkuGhosh-sexy
भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन नायिका रिंकू घोष के चाहे वालन के तादाद हर जगहा बा. सीतामढ़ी में अपना फिलिम ‘नागपंचमी’ के शूटिंग करे चहुँपल रिंकू घोष के देखे ला लागल कि पूरा सीतामढिए उठ के चल आइल रहे. लोग रिंकू सशगे फोटो खिंचवावल, आटोग्राट लिहल बाकिर सब कुछ बहुते मिलनसार अंदाज में.

लोग के एह व्यवहार पर खुश रहली रिंकू घोष.

रिंकू एह घरी हर छोट बड़ निर्माता के फिलिमन में काम करत बाड़ी. असलम शेख संगे रिंकू के फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ जल्दिए रिलीह होखे वाली बा. राजकुमार पांडे के फिलिम ‘नगीना’ के शूटिंग हाल ही में पूरा कइली ह रिंकू. जगदीश शर्मा निर्देशित ‘हथियार’ फिलिमो के शूटिंग पूरा करा चुकल बाड़ी रिंकू घोष.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts