‘‘सास बहू और वो’’ के मुहूर्त भइल


मौर्य टीवी अपना कार्यक्रम का श्रृंखला में एगो अउरी धारावाहिक जोड़े जा रहल बा ‘‘सास बहू और वो’’. एह धारावाहिक के शुभ मुहूर्त पिछला दिने मौर्या टीवी के राजनीतिक सम्पादक नवेन्दू नारियल फोड़के करवलन. ई एगो कॉमेडी ‘‘जौनर’’ के सीरियल ह जवना में सास-बहू के खट्टा-मीठ संबंधन पर पड़ोसिन के तीत छौंक देखे के मिली. एह धारावाहिक में मुख्य भूमिका मेघा, सुषमा श्रीवास्तव, राजा, संगीता रमण, शैलेश जमैया, निवेदिता झा, अउर आनंदिता झा निभावत बाड़ी. निर्माता-निर्देशक हउवे मणिकान्त.

मुहूर्त स्थल पर मौर्य टीवी परिवार से जुड़ल सुनील पाण्डेय, प्रेम कुमार, अमिताभ श्रीवास्तव समेत बहुते कलाकार मौजूद रहले.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..