राहुल राय बनावत बाड़न मनोज तिवारी का साथ भोजपुरी में सिंघम
-

‘आशिकी’ फिल्म के नायक आ बिग बॉस विजेता राहुल राय अब भोजपुरी फिल्म बनावल शुरु करे जा रहल बाड़े. उनुकर पहिलका फिल्म के नाम हवे ‘एलान’, जवना के भोजपुरी के ‘सिंघम’ बतावल जा रहल बा. एह फिल्म में भोजपुंरी सिनेमा के दशक के सबले बड़ सितारा मनोज तिवारी आ राहुल राय मुख्य भूमिका में नज़र अइहे.

‘एलान’ के निर्देशक हउवे धीरज कुमार. राहुल राय प्रोडक्शन का बैनर में बने जा रहल एह फिल्म ‘एलान’ में मनोज तिवारी एगो अइसन पुलिस अधिकारी के भूमिका में बाड़े जवन ‘सिंघम’ के याद दिआ दी. जबरदस्त एक्शन से भरल एह फिल्म के लेके राहुल राय बतवले कि जइसही ऊ ‘एलान’ के स्क्रिप्ट देखलन त चउँक गइलन. फेर तुरते तय कइलन कि एह स्क्रिप्ट पर फिल्म बनावल जाय. फिल्म में नायक के भूमिका सुनते राहुल का दिमाग में मनोज तिवारी के चेहरा सामने आ गइल आ एह फिल्म में मनोज तिवारी के साईन कर लिहल गइल.

‘एलान’ के मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, राहुल राय, योगेन्द्र तिवारी, लवी रोहतगी, मोनिका बत्रा, लवीना, प्रमोद पांडे, विकास सिंह आ गजेन्द्र चौहान शामिल बाड़े. एह फिल्म में एक्शन खातिर साउथ के भारी भरकम टीम अउर अत्याधुनिक सुविधा के इस्तेमाल कइल गइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts