साहित्य अकादमी राजेन्द्र यादव के निधन पर शोक जतवलसि

गोरखपुर 29 अक्टूबर (वार्ता) साहित्य अकादमी के राष्ट्रीय अध्यक्ष विश्वनाथ तिवारी हिन्दी के वरिष्ठ कथाकार आ उपन्यासकार राजेन्द्र यादव के निधन पर गहरा शोक जतवले बाड़न.

उनुका के श्रद्धांजलि देत विश्वनाथ तिवारी कहलन कि राजेन्द्र यादव के निधन से साहित्य जगत सदमा मे बा काहे कि एगो वेबाक लिखे वाला, अपना सिद्धान्त पर कायम रहे वाला आ विरोधियन के अनदेखी करत सामाजिक मूल्यन के साहित्य मे प्रतिस्थापित करे वाला अब हमनी के बीच नइखे रह गइल.

जाने जोग बा कि हंस पत्रिका के संम्पादक रहल वरिष्ठ साहित्यकार आ कहानीकार राजेन्द्र यादव के काल्हु देर रात दिल्ली मे लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल रहे. ऊ 84 साल के रहलन.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।