सेवानिवृत कर्मचारी के हत्या क के डेढ़ लाख के लूट
-

डेहरी ओन सोन 29 अक्तूबर (वार्ता) रोहतास जिला के विक्रमगंज इलाका के उधवपुर गांव का लगे सशस्त्र अपराधियन के गिरोह एगो सेवानिवृत कर्मचारी के हत्या क के उनका लगे से डेढ़ लाख रूपिया लूट लिहले.

पुलिस बतावतिया कि उधवपुर गांव के आ सिंचाई विभाग से सेवानिवृत कर्मचारी सुरेश प्रसाद जब स्टेट बैक के विक्रमगंज शाखा से रूपिया निकाल के घरे लवटत रहले तबहिए दू गो मोटरसाईकिल पर सवार पांच गो अपराधी हथियार के डर देखा के उनका के अपना कब्जा मे ले लिहले. आ लूट के विरोध कइला प गोली मार के हत्या क दिहले आ उनका थैला मे राखल डेढ़ लाख रूपिया लूट के फरार हो गइले.

संबंधित थाना मे एगो प्राथमिकी लिख के पुलिस अपराधियन के पकड़े खातिर छापामारी करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts