सिक्ख नरसंहार के आरोपी टाइटलर का खिलाफ मामिला फेर से खोलल जाई

सीबीआई के बार बार कोशिश का बावजूद कि कांग्रेसी नेता जगदीश टाइटलर का खिलाफ सिक्ख नरसंहार का दौरान हत्या के मामिला बंद कर दिहल जाव अदालत सीबीआई के बात ना मनलसि आ कहलसि कि मामिला के जाँच फेर से कइल जाव. एकरा पहिलहू एक बेर सीबीआई एह मामिला के बंद करे के गोहार लगवले रहुवे बाकिर अदालत ओहू बेर नकार दिहले रहुवे.

साल १९८४ में इंदिरा गाँधी के हत्या का बाद दिल्ली आ देश के अनेके शहरन में सिक्ख समुदाय के लोग के संपति लूट लिहल गइल रहुवे आ नाहियो त तीन हजार सिक्खन के हत्या कर दिहल गइल रहे. एतना बड़ नरसंहार का बावजूद एह मामिला में शायदे केहू के सजा मिलल होखे.

आ इहो जाने जोग बा कि देश में मुसलमान समुदाय का खिलाफ सबले बड़ दंगा आसाम के नेल्ली में भइल रहुवे जब ओहिजा राष्ट्रपति शासन रहुवे आ केन्द्र में कांग्रेस के सरकार. एकरा बावजूद कांग्रेस अपना के अल्पसंख्यकन के सबले बड़ हितैषी बतावल रहेले.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।