बलिया में ट्रामा सेंटर ले के जिलाधिकारी विधायक में बतकही

बलिया के नगर विधायक आ सपा नेता नारद राय के ई बाति बहुते नागवार गुजरल बा कि जिलाधिकारी उनका बारे में ई कइसे कह दिहलन कि विधायक के जिलाधिकारी से बतियावल चाहत रहे आ खुद जा के अस्पताल में चलत निर्माण कार्य रोकवावे के कवनो जरूरत ना रहल. विधायक के कहना बा कि जिलाधिकारी के दिमाग खराब हो गइल बा जे एह तरह के बात करत बाड़न.

वइसे कहे वाला लोग कहत बा कि सगरी मामिला धनराशि के लूट खसोट के बा. माले के जिला कमेटी सदस्य लक्ष्मण यादव कहले बाड़न कि सगरी झगड़ा एह ला होत बा कि सरकारी धन के लूटे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.