सिटी अस्पताल के दर्जा माँगत एनएसयूआई के बक्सर में प्रदर्शन

काल्हु कांग्रेस के छात्र संगठन एनएसयूआई में बंद के गोहार लगवले रहुवे जवन बहुत हद ले सफल रहल. हालांकि एह बंद के लागू करावे खातिर कई जगहा दुकानदारन आ विद्यार्थियन में झड़पो भइल. बंद के प्रचार करत रिक्शा के दुकानदार लोग तूड़ताड़ दिहल. हालात बिगड़े से पहिले पुलि्स चहूँप गइल त मामिला सम्हरल. प्रदर्शनकारियन के माँग रहल कि बक्सर अनुमंडलीय अस्पताल के सिटी अस्पताल के दर्जा दिहल जाव, रामरेखा घाट पर लाइट एंड साउंड प्रोग्राम फेर शुरू कइल जाव आ गंगा पुल के मरम्मत करावल जाव.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।