छपरा में चार गो डकैत गिरफ्तार
-

पिछला १ जुलाई के कटेसर से लूटल स्टेट बैंक के पौने चार लाख से अधिका रुपिया का मामिला में पुलिस चार गो डकैतन के गिरफ्तार कर लिहलसि. चारो राजन साह गिरोह के अपराधी बतावल जात बाड़े. एह चारो में तरैया के लोकनाथ आ मुकेश, अउर खैरा के कन्हैया आ रंजीत शामिल बाड़े. पकड़ाइल अपराधियन का लगे से हथियार, कूकर बम, आ चोरावल मोटर साइकिल के इंजिन बरामद भइल बा. बदमाशन से पूछताछ से मालूम भइल कि अबही ले लूट के माल बँटाइल नइखे आ सगरी रुपिया राजन अपना लगे रखले बा. पुलिस राजन के गिरफ्तारी के कोशिश में बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts